कोइला
Appearance
Sedimentary चट्टान | |
कंपोजीशन | |
---|---|
प्राइमरी | कार्बन |
सेकेंडरी |
कोइला भा कोयला (अंग्रेजी: Coal) एक तरह के चट्टान हवे जवना के जरावल जा सके ला आ ईंधन के साधन के रूप में इस्तेमाल कइल जाला। आमतौर पर ई चट्टान के परत के रूप में पावल जाला आ खान से खन के निकालल जाला। कोइला के एह परत सभ के कोल बेड आ दुसरा परतदार चट्टान सभ के बीचे में मौजूद पातर नस नियर रूप में पावल जाए वाला परत सभ के कोल सीम कहल जाला।
कोइला में मुख्य तत्व कार्बन होला आ एकरे अलावे हाइड्रोजन, सल्फर, आक्सीजन आ नाइट्रोजन एह में प्रमुख होलें।[1] कार्बन के मात्रा के अनुसार कोइला के गुणवत्ता निर्धारित होला। सभसे हाई क्वालिटी के कोइला एंथ्रेसाइट कोइला होला आ ई रूपांतरित चट्टान भी मानल जाला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Blander, M. "Calculations of the Influence of Additives on Coal Combustion Deposits" (PDF). Argonne National Laboratory. p. 315. Archived from the original (PDF) on 2010-05-28. Retrieved 17 दिसंबर 2011.
ई लेख ऊर्जा या एकरी, भंडारण या इस्तेमाल की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई अर्थशास्त्र से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |