Jump to content

बेन कार्लिन

विकिपीडिया से
बेन कार्लिन
Ben Carlin
Refer to caption
मॉन्ट्रियल, कनाडा, 1948 में कार्लिन
Born
फ्रेडरिक बेंजामिन कार्लिन

27 जुलाई 1912
नॉर्थम, पच्छिमी ऑस्ट्रेलिया, ऑस्ट्रेलिया
Died7 मार्च 1981 (उमिर 68)
पर्थ, पच्छिमी ऑस्ट्रेलिया, ऑस्ट्रेलिया
Educationगिल्डफोर्ड ग्रामर स्कूल
वेस्टर्न ऑस्ट्रेलियन स्कूल ऑफ माइंस
Occupationsइंजीनियर, सिपाही
SpousesGertrude Plath (m. 1940–?)
Elinore Arone (m. 1946-55)
Cynthia Henderson (m. 1963–64)
ChildrenDeidre Scott Carlin (b. 1964)

फ्रेडरिक बेंजामिन "बेन" कार्लिन (जनम 27 जुलाई 1912 – 7 मार्च 1981) एगो आस्ट्रेलियाई एडवेंचरर रहलें जे एगो एम्फीबियस गाड़ी (पानी आ जमीन दुनों पर चले वाली) पर सवार हो के पुरा दुनिया के चक्कर लगावे वाला पहिला आ अब ले के एकलौता व्यक्ति रहलें।

पच्छिमी ऑस्ट्रेलिया के नॉर्थम में पैदा भइल कार्लिन, पर्थ के गिलफोर्ड ग्रामर स्कूल में सुरुआती शिक्षा लिहलें आ बाद में कालगुर्ली स्कूल ऑफ माइंस में पढ़लें। एगो इंजीनियर बनले के बाद ऊ कुछ दिन खदान इंजीनियर के रूप में काम कइलें। सैनिक के रूप में कार्लिन, दुसरा बिस्व युद्ध के दौरान भारत, इटलीमध्य पूर्ब में तैनात भइलें। 1946 में सेना से रिटायरमेंट ले के ऊ अमेरिका में बस गइलें।

अपने सैनिक जीवन के दौरान उनुके एगो आइडिया आइल रहे आ एही कारण ऊ हनीमून के रूप में अटलांटिक महासागर के पार करे के योजना बनवलें। एगो फोर्ड जी॰पी॰ए॰ (जवन फोर्ड जी॰पी॰डब्लू॰ के सुधार रहे) के हाफ़ सेफ़ (आधा सुरक्षित) नाँव रखलें आ एही में सवार हो के ऊ अटलांटिक पार करे के योजना बनवलन। कई बेर के प्रयास के बिफल होखे के बाद ऊ अंत में 1951 में अटलांटिक पार करे में सफल भइलें।

एह सफलता से खुस हो के बाद में ऊ पुरा दुनिया के चक्कर एही गाड़ी कम नाव से लगा दिहलें। 13 मई 1958 के ऊ वापस अमेरिका पहुँच के आपन ई यात्रा पूरा कइलें।[1]अइसन करे वाला ऊ पहिला आ आखिरी व्यक्ति रहलें। एह यात्रा में कार्लिन आ उनुके गाड़ी हाफ़ सेफ़ 17,780 किलोमीटर (11,050 मील) के यात्रा समुंद्र में आ 62,744 किलोमीटर (38,987 मील) यात्रा जमीन पर, दस साल में पूरा कइल आ 38 गो देसवन से गुजरल जवना के कुल खर्चा $35,000 आइल।[2][3]

कार्लिन आ उनुके गाड़ी "हाफ़ सेफ़",
मई 1957 में तोकियो, जापान पहुँचले पर।
  1. "Amphibian Traveller Home After 10 Years" – दि मॉन्ट्रियल गजेट. प्रकशित, 13 मई 1958.
  2. History: Ben Carlin and the Half Safe Story Archived 2012-12-13 at the Wayback Machine – Guildford Grammar. पहुँच तिथी 13 जनवरी 2016
  3. "NEARS END OF JOURNEY." – दि कैलगरी हेराल्ड. प्रकाशित 14 मई 1958